यूपी शिक्षा सेवा चयन बोर्ड में डा॰ परशुराम पाल के अध्यक्ष बनावल गइल

उप्र माध्यमिक शिक्षा सेवा चयन बोर्ड के कार्यवाहक अध्यक्ष डा. आशाराम के गलत सलत काम से परेशान हो के सरकार उनुका के हटा के लखनऊ विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के एसोसिएट प्रोफेसर डा.परशुराम पाल के पूरा समय वाला अध्यक्ष बना दिहलसि. एह बाबत शासनादेश जारी हो गइल बा.

पिछला अध्यक्ष डा. देवकी नंदन शर्मा के मरला का बाद बोर्ड के वरिष्ठतम सदस्य डा.आशाराम के कामचलावे वाला अध्यक्ष बनावल गइल रहे बाकिर उ सगरी नियम कायदा ताखा पर राखत प्रध्यापकन के बहाली ला साक्षात्कार करावे लगली. चयन बोर्ड में एकरा खिलाफ आवाज उठावल गइल त आशाराम ओह लोग के दरकिनार क दिहली इहे सब विवाद का चलते सरकार नया अध्यक्ष बहाल क दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।