हत्यार लुटेरा के लोग चहेट के पकड़लसि
-

बियफे का दिने गाजीपुर के सैदपुर इलाका में नहर किनारे एगो लाश मिलल रहे जवना के पहचान बाद में देवरिया जिला के रुद्रपुर के छपौली गाँव के अजय गुप्ता का रूप में भइल. परिवार के लोग दाह संस्कार खातिर लाश ले के जात रहे त लंका बस स्टैशड का लगे अजय के साथी गोविंद प नजर पड़ल. लोग ओकरा के आवाज दिहल त उ भाग पराइल. एहसे लोग के शंका भइल आ लोग ओकरा के चहेट के ध लिहलसि. भीड़ देख पुलिस चहुँपल त गोविंद के ले के कोतवाली चल आइल. कोतवाली में पुलिसिया तफतीश में गोविशद सब कुछ बक दिहलसि कि कइसे अजय के हत्या क के पिकअप लूट लिहले स. गोविद का निशानदेही पर पिकपो मिल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts