यू.पी.एस.सी. परीक्षा में हिन्दी से होखत भेदभाव के मुद्दा अब संसद में गूंजी

MP-ManojTiwari
भाजपा सांसद मनोज तिवारी लोक सेवा आयोग के परीक्षा में हिदी का साथे होत भेदभाव का खिलाफ आन्दोलन करत विद्यार्थियन के आवाज संसद में उठइहन. पिछला दिने दिल्ली में एह मुद्दा पर मुखर्जी नगर आमरण अनशन करत आन्दोलनकारियन से मिले पहुॅचलन आ कहलन कि चार दिन के भितरे संसद में एह बात के उठइहें.

जाने जोग बात बा कि लोक सेवा आयोग का परीक्षा में अबकी महज 26 फीसदी हिन्दी भाषी सफल भइल बाड़े. यूपीएससी परीक्षा में सी सैट अइला से अंग्रेजी वालन के बहुते फायदा भइल बा जबकि हिंदी वालन के नुकसान. ई सब कुछ पिछला सरकार में गृहमंत्री रहल पी.चिंदबरम के इशारा पर भइल बा. परीक्षा में हिंदी के वैक्लपिको विषय से हटा दिहल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

1 Comment

  1. amritanshuom

    भोजपुरी के का होइ। ….

    Reply

Leave a Reply to amritanshuom Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *