बिहार कांग्रेस के सांस्कृतिक विभाग के अध्यक्ष बनलन रंजन सिन्हा

RanjanCongressi
बिहार कांग्रेस कमेटी बिहार के जानल मानल फिल्म प्रचारक आ पत्रकार रंजन सिंहा के अपना सांस्कृति विभाग के अध्यक्ष बनवले बिया. इनका से पहिले एह पद पर भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह काबिज रहलन.

पिछला दिने कांग्रेस के अशोक चौधरी रंजन सिन्हा के उनकर नियु्क्ति पत्र देत कहलन कि रंजन बिहार में हमेशा कला आ संस्कृति के अपना कलम से बढ़ावा दिहले बाड़न आ बिहार के कला संस्कृति के प्रचार प्रसार कइले बाड़न. इनका के ई जिम्मेदारी देत कांग्रेस पार्टी के खुशी होखत ब.

रंजन सिंहा एह नियुक्ती पर खुशी जतावत कहले बाड़न कि एह नया जिम्मेदारी के उ सपलता से निभइहें.
यी है और कहा है कि वे बिहार कांग्रेस कमेटी द्वारा दी गयी नयी जिम्मेदारी से कभी पीछे नहीं हटेंगे।


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts