‘रखवाला’ में निरहुआ के नया लुक

nirahua-moonchसिनेमा भोजपुरी के जूबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के एगो नया लुक असलम शेख प्रोडक्शन के फिलिम ‘रखवाला’ में देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम में पुलिस इंसपेक्टर बनल निरहुआ के पहिला बेर मूँछ का संगे देखल जाई.

मशहुर निर्देशक असलम शेख के एह होम प्रोडक्शन में नायिका बाड़ी रिंकू घोष. निर्माता इश्तियाक शेख बंटी आ ऋतू शर्मा के बनावल एह फिलिम में अवधेश मिश्रा, संजय पांडे, ब्रजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, उल्हास, एन.आर. शेट्टी, सोनिया मिश्रा, पूनम वर्मा, आ मनोज भावुक के प्रमुख भूमिका बा. साथही संभावना सेठ आ सीमा सिंह पर फिलिमावल हॉट आईटम डांसो बा.

संगीतकार धनंजय मिश्रा, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, सह निर्माता विक्की ककड़ अउर बिल्किस शेख, आ कार्यकारी निर्माता अशोक कक्कड़ हउवें.

भोजपुरी सिनेमा के एह फिलिम से ढेरे उमेद लागल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।