रब्बा रे रब्बा हिना रब्बानी

कवनो देश के विदेश मंत्री के देख नौजवानन का दिल में वइसन गुब्बार ना उठत होखी जइसन भारत आइल पाकिस्तान के विदेश मंत्री हिना रब्बानी के देख के उठत होखी. एह खूबसूरत विदेश मंत्री का साथे बातचीत त सफल होखही के रहे भलही ऊ विदेश मंत्री से मिले से पहिले काश्मीर का अलगाववादियन से मिलल होखसु. हालांकि हिना रब्बानी अपना बातचीत में काश्मीर के मुद्दा ना उठवली आ पहिला बेर दुनु देश का विदेश मंत्रियन का बातचीत में काश्मीर के नाम ना आइल.
हिना रब्बानी के कहना रहल कि बातचीत के अइसन चलावल जाव कि केहू का चलते भा कवनो मुद्दा पर बातचीत ना टूटे. दुनु देश का बीच के सगरी मसला बातचीत से सलटावल जा सकेला आ सलटावे के चाहीं. हिना एह बात से साफ इन्कार कइली कि भारत में होखे वाला आतंकी हमला का पाछे पाकिस्तान के हाथ बा. कहली कि पाकिस्तान त अपने आतंकी हमलन से बरबाद हो रहल बा. जरुरत बा कि दुनु देश मिल के एह आतंकवाद का खिलाफ लड़े.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..