छतीसगढ़ में सलवा जुडुम वाला लोगके पुलिस बल में बहाल कर ली
-

छतीसगढ़ में नक्सल विरोधी अभियान में पुलिस के साथ दे रहल अनौपचारिक विशेष पुलिस अधिकारी कहल जाये वाला सलवा जुडूम के कार्यकर्तन के इस्तेमाल बन्द करे के सुप्रीम कोर्ट का आदेश का बाद छतीसगढ़ सरकार एगो नया पुलिस बल छतीसगढ़ असिस्टेंट आर्म्ड पुलिस फोर्स का नाम से बनावे जा रहल बिया जवना में सलवा जुडुम से जुड़ल पाँच हजार विशेष पुलिस अधिकारियन के एह बल में नियुक्त कर के नियमित करे के राह खुल जाई.

सुप्रीम कोर्ट के एहू बात पर विरोध रहे कि जवन लोग के एसपीओ बनावल गइल बा उनुका पूरा खतरा के जानकारी नइखे दिहल गइल आ दोसरे अतना खतरनाक काम में लागल लोग के इन्तजाम ठीक नइखे.
अब छतीसगढ़ सरकार के एह फैसला से ओकरा पर सालाना चालीस करोड़ रुपिया बेसी खरच करे के दबाव बन गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts