रमाकांत प्रसाद अउर विराज भट्ट के नया रिकार्ड

सिनेमा भोजपुरी में निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद आ अभिनेता विराज भट्ट के टीम एगो नया रिकार्ड बनवले बिया. ई टीम अबहीं ले नौ गो फिलिम कइले बा आ नौ के नवो सुपर डुपर हिट भइल बाड़ी सँ. ई पहिलका अइसन टीम बा जवन अतना फिलिम एक संगे कइले बा.

एह नवो फिलिमन के नाम ह ‘लागल रहा ए राजा जी’, ‘दिवाना’, ‘दाग़’, ‘दिलजले’, ‘बारूद’, ‘जान तेरे नाम’, ‘जानवर’ आ ‘हिम्मतवाला’.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।