विक्रांत बनलन बंटी बवंडर
-

सिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विक्रांत के एगो नये रूप अब दर्शकन के देखे के मिले वाला बा. मुन्ना बजरंगी में उनकर जबरदस्त एक्शन लोग खूबे सरहले रहुवे. अब लोग विक्रांत के बंटी बवंडर का रूप में देखी.

अबहीं एह फिलिम के बारे में बेसी नइखे बतावल जात कि ई कइसन फिलिम होई बाकिर विक्रांत इशारा कइलन कि एहमें मुन्ना बजरंगीओ से अधिका खतरनाक एक्शन देखे के मिली. एह फिल्म के शारदा पिक्चर्स एंड इंटर टेनमेंट के बैनर तले निर्माता एस. बी सिंह आ सह निर्माता धीरेन्द्र ठाकुर बनावत बाड़ें आ निर्देशन करत बाड़न कन्यादान, प्रतिज्ञा जइसन सुपर हिट फिलिमन के निर्देशक रहल सुशील कुमार उपाध्याय. फिल्म के नायिका के नाम अबहीं तय नइखे.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts