रविकिशन का साथे पुष्कर तिवारी आ राजीव मिश्रा

पहिले पुष्कर तिवारी के बात…

रंगमंच का दुनिया से अपना अभिनय के सैर करत पुष्कर तिवारी भोजपुरी फिल्म खेला में बतौर अभिनेता पदार्पण कर रहल बाड़े. एहसे पहिले पुष्कर तिवारी निर्देशक एन॰चन्द्रा का निर्देशन में भइल टैलेंट हंट शो के टॉप टेन में शामिल रहलें. टीवी सीरियल एक नदिया दो किनारे में आ भोजपुरी फिल्म पिस्टल‍ एक प्रेमकहानी में काम कर चुकल बाड़े. स्कूले कालेज से समय समय पर प्रोग्राम करत आइल पुष्कर एगो टीवी चैनल पर एंकरो बन के आवे वाला बाड़ें.

अब राजीव मिश्रा का बारे में…

कई कई टीवी चैनल से जुड़ल रहल राजीव मिश्रा अब सिनेमो का पर्दा पर भोजपुरी फिल्म खेला में रविकिशन का साथे एगो मुख्य भूमिका में आ रहल बाड़े. CNBC, Jain TV, ETV वगैरह से जुड़ल रहल राजीव मिश्रा साल २००२ से बिहार झारखंड के प्रोग्रामिंग इंचार्ज का रुप में काम करत रहलन. बंगलोर का अंग्रेजियो थिएटर से जुड़ल बाड़न राजीव.

भोजपुरी सिनेमा के विकास का आँधी में शामिल होके अपना सपना के मंजिल पाए खातिर राजीव पिछला कुछ बरिसन से भोजपुरी फिल्मन में छोटमोट किरदार करत आइल बाड़े. ईटीवी का सीरियल फोक जलवा, जनता एक्सप्रेस, आ दास्ताने जुर्म में राजीव आपन पहचान बना लिहले रहलन. होली के कई प्रोग्रामो में काम कर चुकल बाड़े राजीव जवना के देखे खातिर दर्शकन के इन्तजार रहत रहे.

भोजपुरी फिल्म खेला के मुख्य नायक रविकिशन हउवें, निर्माता अशोक वर्मा, आ निर्देशक आनन्द डी गहतराज.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।