नया फिलिम नन्दू निकम्मा
-

पिछला दिने पटना के मायागिरी होटल में आर जी प्रोडक्शन का बैनर में नन्दू निकम्मा बने के एलान निर्देशक ब्रज भूषण कइलें. बतवलें कि ई एगो पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली कॉमेडी फिल्म होखी.

नन्दू निकम्मा एगो मछुआरा हऽ जवन पूरा निकम्मा बा. अचानक ओकरा जिनिगी में एगो अइसन मोड़ आ जात बा जवना का बाद ओकरा बहुते बड़ सफलता मिल जात बा. एही पर बनल फिल्म में हरेक वर्ग के मनोरंजन करे लायक मसाला डालल जाई. फिल्म के शूटिंग बिहार के गया, राजगीर, आ पटना में करावल जाई.

निर्माता पिंटू कुमार के एह फिल्म में विरेन्द्र कुमार, प्रतिभा पाण्डेय, ऋतिका, पिंकु श्रीवास्तव, महेश साह, शैलेश सिंह, आ संजू सोलंकी बाड़े. फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरु होखे जा रहल बा.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला

0 Comments

Recent Posts