रवि किशन के डबल धमाका

Yoddha-posterChapraKePremKahani
बहुत जल्दिए रवि किशन के दू गो जबरदस्त फिलिम रिलीज़ होखे जात बाड़ी सँ. पहिला होखी ‘योद्धा’ आ दुसरकी ‘छपरा के प्रेम कहानी’. दुनू फिलिम एही महीना रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.

‘योद्धा’ फिलिम मे रवि किशन, पवन सिंह आ मधु शर्मा खास किरदार मे बाड़े. रवि किशन एगो खतरनाक विलेन बनल बाड़े. रवि के वेश भूषा बहुते अलग तरह के बा एह फिलिम मे. रवि एह फिलिम मे मधु शर्मा के जानी दुश्मन बनल बाड़े आ पवन से मधु के प्यार उनुका बरदाश्त का बाहर बा. फिलिम के निर्देशन राज सिप्पी के बा आ निर्माता हउवन समीर आफताब.

योद्धा फिलिम का ठीक उलट फिलिम ‘छपरा के प्रेम कहानी’ मे रवि किशन मधु शर्मा पर जान छिड़कत बाड़न. एह फिलिम मे रवि आ मधु के रोमांस देखे के मिली. ‘छपरा के प्रेम कहानी’ फिलिम के निर्देशन दयाल निहलानी के बा आ निर्माता हउवन राजेश कुमार जायसवाल.

‘योद्धा’ आ ‘छपरा के प्रेम कहानी’ इ दुनू फिलिम एही महीना रिलीज होखी आ तब देखल बनी रवि किशन के डबल धमाका.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।