भिखारी ठाकुर सम्मान से नवाजल गइलन दुर्गा दादा

DurgaDada-ManojTiwari-SanjaySingh
भोजपुरी इंडस्ट्री के बड़हन निर्माता आ प्रोडक्शन कंपनी आदिशक्ति एंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद मजूमदार, जिनका के सभे आदर से दुर्गा दादा कहेला, के पिछला दिने दिल्ली में भ‎इल एगो समारोह मे ‘भिखारी ठाकुर सम्मान’ से नवाजल गइल.

भोजपुरी भाषा, साहित्य, कला-संस्कृति, आ समाज के बेहतरी का दिशाईं जाने जोग काम करे ला दुर्गा दादा के ई सम्मान संजय सिन्हा के हाथे मनोज तिवारी का मौजूदगी में दिहल गइल.

एह मौका पर बोलत दुर्गा प्रसाद मजूमदार के कहना रहल कि जल्दिए भोजपुरी भाषा संविधान के अठवीं सूची मे शामिल हो जाई आ भोजपुरी भाषा के बढ़न्ती ला ऊ हमेशा मेहनत करत रहीहे. उनकर योजना बा कि भोजपुरी के शो आ प्रोग्राम करा के देश भर मे भोजपुरी का बारे मे जागरुकता बढ़इहें.


(संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

  1. amritanshuom

    सराहनिय कदम दूर्गा दादा के।।।।।

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..