रवि किशन के फिलिम ‘प्रतिबंध‘ के शूटिंग पूरा भइल

सम्द्धि फिलिम्स के बैनर तले बनल रवि किशन स्टारर भोजपुरी फिलिम ‘प्रतिबंध‘ के शूटिंग हालही मुम्बई में पूरा लिहल गइल. एह फिलिम के निर्देशक सुनिल सिन्हा हउवें जिनकर निर्देशित एक दर्जन भोजपुरी फिलिम प्रदर्शित हो चुकल बाड़ी सँ. ‘प्रतिबंध‘ के प्रस्तुति शमीम अहमद शेख करत बाड़े. अब एकर एडीटींग के काम मुम्बई में चलत बा.ॠ

एह रोमांटिक एक्शन वाला मनोरंजक फिलिम में रवि किशन के साथ देत बाड़ी मोनालिसा जे अनगिनत भोजपुरी फिलिम कर के आपन एगो अलगे पहचान बना लिहले बाड़ी.

‘प्रतिबंध‘ के कहानी बिहार नेपाल के बार्डर पे होखत गैरकानूनी काम पर बा. नेपाल से बिहार में अफीम, गाँजा, डालडा, दारू जइसन सामान गैर कानूनी तरीका से कइसे पूरा देश में भेजल जात बा एकर फर्दाफाश कइल गइल बा एह फिलिम में.

निर्माता संजय सिंह, निर्देशक सुनिल सिंन्हा, लेखक गणेश श्रीवास्तव, गीत आर आर पंकज, पप्पू ओझा, विरेन्द्र पाण्डेय, संगीत मधुकर आनंद, छायाकंन आर आर प्रींस, आ नृत्य कानू मुखर्जी अउर संजय कोरबे के बा. मुख्य कलाकारन में रवि किशन, कुणाल सिंह, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, श्री कंकाणी, साहिबा, सीमा सिंह, आ हितेन्द्र पंडित बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।