पहिला पहिल मनोज पाण्डेय आ अपूर्वा एक संगे ‘खोईछा‘ में
-

एक्शन किंग स्टार मनोज पाण्डेय अइसे त अनेके अभिनेत्रियन संगे काम कइले बाड़न बाकिर ‘खोइछा‘ में उनुका के पहिला पहिल देखल जाई अपूर्वा संगे. मनोज पाण्डेय आ अपूर्वा के जोडी दर्शक खूबे पसन्द करीहें.

एकर शूटिंग बिहार के मुज्जफरपुर शहर में भइल बा. एह पारिवारिक आ एक्शन भरल फिलिम में मनोज पाण्डेय के लुक बहुते प्रभावित करी देखेवालन के. मनोज एहमें गांव के एगो हटटा कट्ठा जवान के रूप में नजर अइहें.

निर्माता कृष्णेश्वर शर्मा, निर्देशक जितेन्द्र कुमार सुमन, गीत राकेश निराला, जितेन्द्र सुमन, संगीत राकेश द्विवेदी, छायाकंन शिवा चौधरी, नृत्य महादेवन, फाईट भूराज भटट, आ पटकथा अउर संवाद राकेश निराला के बा.

मुख्य कलाकार बाड़ें मनोज पाण्डेय, अपूर्वा ,सकल बलमुआ, भारतेन्दु भूषण, रंजना देसाई, रूपा सिंह, शशी साहनी, राम स्वरूप भगत, धमेन्द्र सम्राट, विक्रांत गोस्वामी, मुकेश चौहान, नेहा तिवारी, पूजा शाह, उमेश पाण्डेय, शिवम तिवारी, भारती तिवारी, अउर सीमा सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts