रवि किशन बनले पारले के ब्रांड अम्बेसडर

बिस्कुट बनावे वाली एगो बड़हन कंपनी पारले अब भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के आपन ब्रांड अम्बेसडर बनवले बिया. रवि किशन अब पारले के मोनाको बिस्कुट के हिंदी भाषी इलाका में प्रमोट करीहें. गे. पारले अपना मार्केटिंग रणनीति का तहत हिंदी भाषी इलाकन में रवि किशन के लोकप्रियता भँजावे के योजना बनवले बिया.

पहले आमिर खान मोनाको के ब्रांड अम्बेसडर रहले आ अब उनुका साथे भइल करार के अवधि खतम हो चुकल बा. कंपनी के इरादा अब क्षेत्रीय स्तर पर प्रचार करे के बा, हर इलाका खातिर अलग अलग ब्रांड अम्बेसडर बनावल जाई.

रवि किशन एकरा पहिले डाबर, टीएमटी सरिया , मारिको समेत करीब दर्ज भर कंपनियन के ब्रांड अम्बेसडर बनावल जा चुकल बाड़न.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..