रवि किशन बनले पारले के ब्रांड अम्बेसडर

बिस्कुट बनावे वाली एगो बड़हन कंपनी पारले अब भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के आपन ब्रांड अम्बेसडर बनवले बिया. रवि किशन अब पारले के मोनाको बिस्कुट के हिंदी भाषी इलाका में प्रमोट करीहें. गे. पारले अपना मार्केटिंग रणनीति का तहत हिंदी भाषी इलाकन में रवि किशन के लोकप्रियता भँजावे के योजना बनवले बिया.

पहले आमिर खान मोनाको के ब्रांड अम्बेसडर रहले आ अब उनुका साथे भइल करार के अवधि खतम हो चुकल बा. कंपनी के इरादा अब क्षेत्रीय स्तर पर प्रचार करे के बा, हर इलाका खातिर अलग अलग ब्रांड अम्बेसडर बनावल जाई.

रवि किशन एकरा पहिले डाबर, टीएमटी सरिया , मारिको समेत करीब दर्ज भर कंपनियन के ब्रांड अम्बेसडर बनावल जा चुकल बाड़न.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।