एगो नया भोजपुरी चैनल “हमनी भोजपुरिया”
-

भोजपुरी के बढ़त लोकप्रियता देखत एह भाषा में चैनलो के संख्या बढ़े लागल बा. महुआ टीवी, संगीत भोजपुरी, मैजिक टीवी, हमार टीवी, का बाद अब हमनी भोजपुरिया नाम के टीवी चैनल के शुरुआत होखे जा रहल बा. हमनी भोजपुरिया के चलावे वाली कंपनी एचवी इन्टरटेनमेंट प्रा॰लि॰ के जीएम संजय कुमार का हवाले से ओकर मुख्य जनसंपर्क अधिकारी रंजन सिन्हा खबर दिहले बाड़न कि एह चैनल के शुरुआत जल्दिये होखे जा रहल बा. चैनल के खासियत बतावत कहल गइल बा कि चैनल का कार्यक्रम में भोजपुरिया माटी के खूशबू रही आ भोजपुरी सभ्यता संस्कृति के बाति होखी बालीवुड के तड़का मरला बिना. चैनल के कोशिश बा कि एकर कार्यक्रम स्थानीय कलाकारन से तइयार करावल जाव आ एही दिशाईं ओकर काम चल रहल बा. अधिकतर कार्यक्रम के शूटिंग बिहारे में करावल गइल बा.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..