राजनीति पर ‘प्रेम विद्रोही’ ले के आवत बाड़े रवि किशन

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन मौजूदा राजनीति के नंगईपन पर बनल एगो फिल्म ले कर आ रहल बाड़े ‘‘प्रेम विद्रोही’’. पिछला दिने मुम्बई में एह फिल्म के गानन के शूटिंग करावल गइल. अनुप जलोटा आ मनीषा मैनेजमेंट के प्रस्तुति एह फिल्म का माध्यम से मौजूदा राजनीति के सच्चाई देखावल जाई. पुरवईया इंटरनमेंट आ जय मां बुद्धा फिल्मस् का बैनर में एह फिल्म के निर्माण अंजनी उपाध्याय आ संजय कटिया करत बाड़े. निर्देशन के कमान सम्हरले बाड़े सनोज मिश्रा. फिल्म के कलाकारन में रवि किशन, प्रतिक्षा रीना सोनी, अवधेश मिश्रा, सुरेन्द्र पाल, बाबी डॉलिंग, शक्कू राना, पुष्पा वर्मा, प्रीतीश राज, मुस्कान, वन्दना दूबे वगैरह के खास भूमिका बा. फिल्म खातिर कुछ खास गाना भजन सम्राट अनुप जलोटा गइहे, अभिनेत्री श्रीकंकानी जलवा छीटिहे त आयटम सांग कशिश गायकवाड का आवाज में रही. बकौल रविकिशन ‘‘प्रेम विद्रोही’’ बिहार आ यूपी के राजनीति के सच्चाई बयान करी. फिल्म के संगीतकार विष्णु मिश्रा हउवे.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।