रानी चटर्जी के रंगबाजी देख फाइटर भाग खड़ा भइले

फिल्म “रंगबाज” का शूटिंग का दौरान एगो सीन में रानी चटर्जी के हाथ में एगो घइला दिहल गइल रहे जवना के एगो फाइटर का कपार पर फोड़े के रहल. अब रानी का हाथ में घइला देखते फाइटर भाग पराइल. शूटिंग गुजरात के राजपिपला में होत रहे. सीन रहे कि गुण्डा के सरदार रानी चटर्जी से जबरिया बिआह करत बा आ नायक हैदर काजमी आ के रानी के छोड़ावत बाड़े. ओही फाइट का दौरान रानी एगो मटका ले के एगो गुण्डा के कपारे पर दे मारत बाड़ी आ मटका फूट जात बा. एह सीन के करे से दर्जन भर फाइटर मना कर दिहले. आखिर में एगो फाइटर तइयार भइल त एह शर्त पर रिहर्सल ना होखी आ रिटेक ना होई. आ साचहू सीन एके बार में ओके हो गइल. फिल्म के निर्देशन शिवराम यादव करत बाड़े.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।