चार गो कैमरा लगा के क्लाइमेक्स के शूटिंग

भोजपुरी के मल्टीस्टारर फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” के क्लाइमेक्स सीन के शूटिंग चाइना क्रीक में भइल जहाँ चार गो कैमरा लगावल गइल रहे. सैकड़न फाइटर आ ब्लास्ट का बीच एह सीन के शूटिंग में फिल्म के सगरी कलाकार शामिल भइले. गोरखपुर के डा॰ वजाहत करीम के बनावल एह फिल्म के लेखक निर्देशक एम आई राज हउवन. कलाकारन में रविकिशन, रिंकू घोषम सुशील सिंह, मनोज टाइगर, राजीव दिनकर वगैरह खास नाम बाड़े. शूटिंग गोरखपुर आ मुंबई में करावल गइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts