रामाकांत प्रसाद के हैट्रिक

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद एह साल लगातार तीन गो सुपरहिट फिलिमन के हैट्रिक लगवले बाड़न. ‘‘दिलजले’’, ‘‘लड़ाई लऽ अंखिया ऐ लौंडे राजा’’ आ ‘‘बारूद’’ तीनो फिल्म लगातार सुपर हिट साबित भइली सँ. “बारूद” दुर्गा पूजा का मौका पर बिहार, दिल्ली, यु. पी आ मुंबई में एके साथ रिलीज भइल आ हर जगहा ई फिलिम शानदार ओपनिंग लिहलसि.

रामाकांत प्रसाद अब अपना नया फिलिम ‘‘जान तेरे नाम’’ में व्यस्त बाड़े आ बालभाई के बनावल आ रामाकांत प्रसाद के निर्देशित निरहुआ – पवन स्टारर ‘‘खून पसीना’’ के पोस्ट प्रोडक्शन काम मुंबई में जोर शोर से जारी बा.


( स्रोत : प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. vinay shankar dixit

    ramakant ji congrats.mai bhi apki film me kam karna chahta hu .kripaya hamare uppar bhi dayadrishti karai.ham apke film ke bahutai bada fan hai.