निरहुआ के हिट पर हिट
-

भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार निरहुआ के जादू हमेशा दर्शकन का माथे चढ़ के बोलेला. पिछला पाँच साल से नं. 1 नायक बनल निरहुआ एहू साल हिट पर हिट फिल्म दिहले बाड़न. एह साल के शुरुआत में ‘आखिरी रास्ता’, होली पर रिलीज ‘‘दिलजले’’, ओकरा बाद ‘‘दुश्मनी’’ आ ‘‘औलाद’’ सगरी फिलिम सुपर हिट रहली सँ. भोजपुरी के अबही तक के सर्वश्रेष्ठ पारिवारिक फिल्म ‘औलाद’ बिहार यु. पी. के कई सिनेमाघरन में 50 दिवस पूरा कइलसि.
अब दुर्गा पूजा पर आइल ‘निरहुआ मेल’ बिहार आ यु. पी के लगभग 50 से बेसी सिनेमाघरन में कमाल के सफलता पवले बा. हर थियेटर में ‘‘हाउसफुल’’ कलेक्शन आवत बा आ टिकट ब्लैक में बिकात बा, बिहार के आरा, बक्सर, गया, छपरा, मोतिहारी, सीतामढ़ी, डेहरी में गजब के कलेक्शन मिलल बा.
निरहुआ के एह साल लगातार पाँच गो हिट फिलिम बतावत बाड़ी सँ कि बॉक्स ऑफिस पर ‘हिट पे हिट’ देबही वाला के नाम ह निरहुआ !


( स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts