रोमांटिक लड़िकी का भूमिका में पाखी हेगडे़
-

भोजपुरी फिलिमन के नं. वन अदाकारा पाखी हेगड़े एक बेर फेरू रोमांटिक लड़िकी का भूमिका में नजर आवत बाड़ी. पाखी हालिया रिलीज फिल्म ‘‘निरहुआ मेल’’ में पाखी एगो रोमांटिक लड़िकी का भूमिका में बाड़ी जेकरा के दर्शक खूब पसंद करत बाड़े, एह फिल्म के कहानी पूरा तरह से नायिका पाखी के इर्द-गिर्द घूमत बा. फिल्म में पाखी एस. पी. अवधेश मिश्रा के बहिन बनल बाड़ी आ उनुकर प्रेमी निरहुआ एगो ऑटो ड्राईवर. एह बात के लेके निरहुआ आ अवधेश में बड़हन जंग होखत बा. एह फिल्म में पाखी के बहुते हॉट लुक देखे के मिली.


( स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts