राहुल के मामिला पर मीडिया के चुप्पी

मोदी, भाजपा आ संघ से जुड़ल छोटहनो खबर पर नून मरीचा लगा के कुकुरबझाँव करे वाला भँडुआ मीडिया के चुप्पी आजु कानफोड़ू लागत बा. आजु डा॰ सुब्रह्मण्यम स्वामी ब्रिटिश कंपनी नियामक के कागजात जारी करत बतवलन कि राहुल गाँधी का लगे इंगलैण्डो के नागरिकता बा. प्रधानमंत्री मोदी के चिट्ठी भेज के स्वामी माँग कइले बाड़न कि देश के नागरिकता कानून का हिसाब से राहुल गाँधी के नागरिकता खतम करे के चाहीं आ एह खबर के छुपावत देश के सांसद बनला खातिर उनुका पर आपराधिक मामिला चलावे के चाहीं.
राहुल गाँधी इंगलैण्ड में एगो कंपनी खोलले रहुवन जवना खातिर इंगलैण्ड के नागरिक होखे के दावा करत कागजात पेश कइले रहुवन. देश के कानून बतावेला कि कवनो नागरिक दोसरा देश के नागरिकता ना ले सके आ अइसन करते ओकरे भारतीय नागरिकता रद्द हो जाई.
कांग्रेस का तरफ से घंटन मथकुच्चन कइला का बाद महज अतने कहल गइल बा कि स्वामी के आदत बा गाँधी परिवार पर झूठ अछरंग लगावे के. राहुल गाँधी जनमे से भारत के नागरिक हउवन. बाकिर राहुल का लगे इटलीओ के नागरिकता होखे के खबर बीच बीच में आवत रहल बा.
सबले बड़हन बात ई कि कांग्रेस भा गाँधी परिवार कबो स्वामी पर कानूनी कार्रवाई करे के हिम्मत ना जुटा सकल जबकि स्वामी ओह लोग का खिलाफ हमेशा नया नया सबूत जुटावत रहेलें.
दुख के बात बा कि मोदी सरकार आ भाजपा का तरफ से गाँधी परिवार के कुकर्मन पर कवनो कार्रवाई नइखे होखत आ ई लोग अइसनको मुद्दा पर कांग्रेस के मीडिया में घेर नइखे पावत जवना से मोदी समर्थक समुदाय सोशल साइटन पर आपन नाराजगी जाहिर करे लागल बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।