सिवान में किडनैप व्यापारी अबहीं ले ना मिललन
-

सिवान जिला के पचरूखी बाजार के एगो व्यवसायी हरिशंकर के किडनैपिंग के मामिला के खुलासा करे में अतवार का दिने पुलिस के टीम पचरूखी चहुँपल. टीसन के प्लेटफार्म आ अगल बगल के दुकानन के बारीकी से देखलसि आ कुछ साक्ष्य बटोर के वापस हो गइल. सोमारो का दिने जाँच करे वाली टीम पचरुखी अइली सँ बाकिर व्यवसायी के कवनो सुराग ना भेंटाइल.
सिवान के सांसद ओमप्रकाश यादव के कहना बा कि जबसे महागठबन्हन के जीत भइल तब से अचानके अपराध के गिनिती बढ़ गइल बा. अपराधी छुट्टा साँढ़ लेखा चरल शुरू कर दिहलें बाड़न सँ काहे कि ओकनी के मालूम हो गइल बा कि ओकनी पर कवनो कार्रवाई नइखे होखे वाला. ओकनी के लागत बा कि अब त ओकनिए के सरकार बन गइल बा. सईंया भए कोतवाल अब डर काहें?

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts