राहुल के रैली के भाव नइखे देत जनता

महोबा 29 अक्टूबर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के महोबा मे कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुध का दिने होखे वाली राठ रैली खातिर बुंदेलखण्ड के लोग कवनो रुचि नइखे देखावत. ई देख कांग्रेसियन के होश उड गइल बा.

केन्द्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल आ प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष निर्मल खत्री गांवे गाँवे जा के लोग के समुझावे में लागल बाड़े बाकिर केहू एह रैली के भाव नइखे देत. रैली मे भीड जुटावे ला चिन्तित कांग्रेस अगल बगल का जिलन के निर्देश दिहले बिया कि गुटबाजी छोड के रैली खातिर भीड़ जुटावे में लागे लोग.

असल में पिछला दिने बुंदेलखंड में मोदी के सफल रैली के जवाब देबे लायक सफलता एह रैली के मिले एही मे सगरी कांग्रेसी नेता लागल बाड़े आ जनता बिया कि भावे नइखे देत.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।