एगो इनामी अपराधी गिरफ्तार

वाराणसी 28 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी जिला पुलिस मुठभेड मे 15 हजार रुपिया के एगो इनामी अपराधी के गिरफ्तार क लिहलसि.

पुलिस बतवलसि कि वाराणसी शहर के लहरतारा पुल का लगे भइल मुठभेड मे पुलिस 15 हजार रुपिया के इनामी अपराधी राजेश यादव उर्फ फुटे के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से एगो पिस्टल आ कुछ कारतूस का साथे लूटल रुपिया में से एक लाख 32 हजार के नकदी बरामद भइल. राजेश यादव पिछला 31 जुलाई के रंगदारी ना दिहला का चलते गाय घाट के एगो आभूषण व्यवसायी के गोली मार दिहले रहे.

पुलिस बतवलसि कि इहे अपराधी 13 सितम्बर के सिगरा इलाका में एगो व्यवसायी के कर्मचारियन से नौ लाख 60 हजार रुपिया लूट लिहले रहे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..