राहुल गांधी के थई थई क दिहले नरेन्द्र मोदी

झांसी. 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी झाँसी में एगो रैली में बोलत कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के थई थई क दिहलन. राहुल पर तीखा हमला करत कहलन कि या त ऊ पाकिस्तानी खुफिया एजेसी से संपर्क राखे वालन के नाम बतावसु ना त अल्पसंख्यक समुदाय से माफी मांगसु.

बुन्देलखंड के केन्द्रस्थली झांसी में पार्टी के विजय शंखनाद रैली में बोलत नरेन्द्र मोदी कहलन कि राहुल गांधी एगो समुदाय विशेष पर तोहमत लगवले बाड़न. या त ऊ एह नवहियन के नाम बतावसु ना त जनता के गुमराह करल बंद करसु.

गौरतलब बा कि राहुल गांधी काल्हु इंदौर मे कांग्रेस के परिवर्तन रैली मे कहले रहलन कि मुजफ्फनगर दंगा का बाद कुछ मुसलमना नवहियन के भड़कावे के कोशिश पाकिस्तान एजेंसी करत बिया. अइसन दस बारह गो नवही बाड़े जिनका से बतियावत बिया आईएसआई.

नरेन्द्र मोदी खुफिया एजेसियनो पर सवाल उठवले कि आखिर ई एजेंसी एगो सांसद से अइसन जानकारी कइसे बाँटत बिया. कहलन कि मानत बानी कि अपना दादी के हत्या पर राहुल के बहुते खीस आइल रहे बाकिर का हजारो सिक्खन के जिंदा जरावे वालनो पर उनका खीस आइल रहे ? कहलन कि चौरासी के सिक्ख विरोधी दंगा के एकहू गुनहगार के आजु ले सजा नइखे मिल पावल.

कांग्रेस मुजफ्फरनगर दंगा पीडितन के आईएसआई का संपर्क में आवे का बारे में पार्टी उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बयान सही बतवले बिया आ कहत बिया कि राहुल गाँधी देश के जनता के सांप्रदायिक ताकतन से आगाह करावत रहले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।