रिंकू घोष आजुकाल्ह थाना के चक्कर लगावत बाड़ी.

ना, ना. घबड़इला के जरुरत नइखे. रिंकू ना त कवनो अपराध कइले बाड़ी ना ही कवनो अपराध के भुगतले बाड़ी. ऊ त एगो नया धारावाहिक “धनिया के थाना” में एगो टपोरी पुलिस इन्सपेक्टर के किरदार करत बाड़ी. उनकर किरदार देखि के दर्शक “एफआईआर” धारावाहिक के महिला पुलिस इन्सपेक्टर के याद करे लगीहें. काम त रिंकू के अतना कमाल के बा कि दर्शक हँसत हँसत लोटपोट हो जइहें. एह धारावाहिक के एगो नया शुरु होखे जा रहल टीवी चैनल खातिर बनावल जा रहल बा. शो के शूटिंग में ढेरे पुलिस वालो काम करत बाड़न जिन लोगन के कहना बा कि अगर थाना मे अइसनका अधिकारी मिले लागसु त जिनिगी मजेदार बनि जाई आ पुलिस के नौकरी काटे ना दउड़ी.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..