रिंकू घोष दुश्मनी निभा रहल बाड़ी


अपना हालही रिलीज भोजपुरी फिल्म “आखिरी रास्ता” में सफलता के परचम लहराये वाली रिंकू घोष अब “दुश्मनी” में मुख्य नायिका के किरदार करे जा रहल बाड़ी. फिल्म में रिंकू घोष के नायक का रूप में विराज भट्ट बाड़न. रिंकू घोष के किरदार बहुते खास बा. आजु का दिन में भोजपुरी सिनेमा के नायिका लोगन में रिंकू घोष अइसन कलाकार बाड़ी जेकर नाम बिका रहल बा. वितरक उनुका फिल्मन खातिर मुँहमाँगा दाम देबे के तइयार बाड़न त दर्शक उनकर फिल्म देखे खातिर हर बाधा पार कर के सिनेमा हाल में भीड़ लगवले रहेले. “बिदाई”, “मृत्युंजय”. आ “आखिरी रास्ता” के मिलल सफलता के बाद हर चुनौती वाली भूमिका खातिर निर्माता आ निर्देशक के जेहन में जवन पहिला नाम उभरेला ऊ रिंकू घोष के होला. “दुश्मनी” के निर्माता दुर्गा प्रसाद मजुमदार हउवें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।