क्रिकेटो से बेसी नशा सिनेमा के बा रविकिशन में

आजु जब पूरा देश क्रिकेट का बुखार में तवाइल बा तबो रविकिशन अपना काम में लागल बाड़न. हिंदी, भोजपुरी समेत देश के करीब हर भाषा में काम करे वाला रविकिशन के बनत फिल्मन के गिनिती पचास के पार हो गइल बा. क्रिकेट मैच का दिनन में फिल्मी दुनिया सुस्ताये लागेले. कवनो नया फिलिम रिलीज ना होखे. रविकिशन के कहना बा कि क्रिकेट के पसन्द कइल दोसर बात ह आ ओकरा पाछा पगलाइल दोसर बात. मैच जीते आ हारे वाली टीम के भारत के हार भा जीत बतावलो से रविकिशन असहमत बाड़े आ कहेले कि एहमें देश के नाम ना जोड़े के चाहीं. ऊ भोजपुरिया दर्शकन से कहले कि मैचो देखीं सभे आ सिनेमो देखत रहीं.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..