रिटायर्ड बूढ़ प्रवक्ता के गोली मार के हत्या

वाराणसी जिला के बडगाँवा में रिटायर्ड प्रवक्ता देवी शंकर दुबे के दू गो मोटरसाइकिल सवार गोली मार के हत्या कर दिहले सँ.

देवी शंकर दुबे अठहत्तर साल के रहलन आ जे.वी.एन. क्रिश्चियन कालेज से अवकाश लिहला का बाद अपना गांव भिखारीपुर मे आके रहत रहले. बदमाशन के गोली से उनकर मौत ठाँवे पर हो गइल. हत्या का पीछे जमीन के झगड़ा बतावल जात बा.

एह मामिला में चार लोग का खिलाफ नामजद मामिला लिखाइल बा आ एहमें से एगो आरोपी पकड़ा गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।