दस हजार रुपिया के इनामी बदमाश गिरफ्तार

जौनपुर जिला के खुटहन इलाका से काल्हु देर रात पुलिस दस हजार रुपिया के इनामी बदमाश के धर दबोचलसि. प्रभारी पुलिस अधीक्षक/अपर पुलिस अधीक्षक डा. श्रीपति मिश्र आज बतवले कि जफराबाद इलाका के देबई उर्फ संजय उर्फ यदुनाथ पिछलके साल 2012 से फरार चलत रहुवे. काल्हु देर रात खबर मिलल कि देबई आ दू गो अउर बदमाश पिलकिछा पुल का लगे डकैती के योजना बनावत बाड़े. खबर पवते पुलिस मौका पर चहुँपल आ घेराबंदी कइलसि त बदमाश गोली चलावत भागे लगले. पुलिसो जवाबी कार्रवाई कइलसि आ देबईआ के धर दबोचलसि. बाकिर ओकर दू गो संघतिया भाग निकलले सँ.

पुलिस अब ओह फरार बदमाशन का पीछे पड़ल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..