'लक्ष्मण रेखा' पार कइली अर्चना सिंह

बिहार के कैमूर जिला के भभुआ के मूल निवासी आ स्नातक ले ओहिजे से पढ़ल अर्चना सिंह मुंबई अइली त घूमे बाकिर एहिजा के मायानगरी उनका के खींच ले आइल. सब कुछ महज संजोग रहल कि दुरदर्शन पर देखावे जाएवाला एगो विज्ञापन में उनुका काम करे के मौका मिल गइल. फेर दोसर विज्ञापन आ कैटलाग प्रिंट शूट में मौका मिलत गइल आ देखते देखत अर्चना अभिनय का दुनिया में आ गइली.

भोजपुरी चैनल ‘महुआ टी.वी.’ के चर्चित धारावाहिक ‘स – से सरस्वती’ में सरस्वती के देवरानी के नकारात्मक किरदार उनुकर एगो जबरदस्त पहचान बना दिहलसि भोजपुरिया दर्शकन क बीच. ओही धारावाहिक के शूटिंग का दौरान निर्देशक मनोज गिरी से भेंट भइल आ निर्माता अशोक गुप्ता अउर बृजेश सिंह के भोजपुरी फिल्म ‘लक्ष्मण रेखा’ में आपन अभिनय कला देखावे क मौका मिल गइल.

एह फिल्म में अर्चना सिंह के अलावा मुख्य भूमिका में विनय आनंद आ गुंजन पन्त के नाम बा. अर्चना सिंह के अनेके भोजपुरी फिलिम अबहीं फ्लोर पर बाड़ी सँ जल्दिए ओकनी के रिलीज शुरू होखे वाला बा.


(संजयभूषण पटियाला के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।