सिनेमा भोजपुरी में पहिला बेर लागल दस लाख के सेट
-

सिनेमा भोजपुरी में मंहग सेट लगावे के परंपरा नइखे रहल. बाकिर पिछला दिने फिल्म ‘बिगुल’ खातिर पूरा दस लाख रुपिया लगा के एगो सेट लगावल गइल इलाहाबाद में. सेट एगो जेल के रहुवे.

नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले बनत ‘बिगुल’ के कथा पटकथा खुद निर्देशक रविकांत लिखले बाड़ें जबकि संवाद मनोज पांडे आ रविकांत के लिखल बाॆ गीतकार रविकांत आ एस. कुमार, संगीतकार नजाकत सुजाद, डायरेक्टर ऑफ फोटोग्राफी रूपांग आचार्य, प्रोडक्शन डिजायनर संजय यादव, एडीटर गोपाल राधानी, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक आ मारधाड़ निर्देशक हउवें हीरा यादव.

‘बिगुल’ के कलाकारन में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, जितेन्द्र यादव, श्रेया शर्मा, मनीष खन्ना, संजय कुलकर्णी, कृष्णा गोपाल, सुप्रिया गोपाल अउर संगीता रमन के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts