“लाडला” फिलिम खातिर आपन वजन बढ़वले रंजीत सिंह

RanjitSingh
कलाकार पानी का तरह होला. जवने बरतन में ढार दिहल जाव ओकरे आकार ध लेला. ई बात हरफनमौला कलाकार रंजीतो सिंह पर लागू होला. आपन अभिनय कला के जौहर देखावे ला रंजीत सिंह बहुते मेहनत करेलें.

सुपर स्टार खेसारी लाल यादव के सिल्वर जुबली, माने कि उनकर 25वीं, फिलिम ‘लाडला’ में रंजीत सिंह पुरनका सुपर स्टार के भूमिका करत बाड़न आ एह किरदार के जियतार बनावे खातिर पुरनका जमाना के हीरो जइसन नजर आवे ला आपन वजन बढ़ा लेले बाड़न. लुक त बदलले बा.

एह काम खातिर रंजीत सिंह अस्सी के दशक के करीब डेढ़ दर्जन फिलिम देख के ई फैसला कइलन. थियेटर कलाकार रहल रंजीत के मालूम बा कि कवनो किरदार के कइसे जियल जाला. उनुका के सिनेमा के रूपहला परदा पर देख के दर्शक जमाना ले इयाद करीहें रंजीत सिंह के अभिनय.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।