“निगाहे नागिन” के शूटिंग पूरा भइल
-

nigahe-nagin-wali-RinkuGhosh
अभिनेत्री रिंकू घोष के भोजपुरी फिलिम ‘निग़ाहें नागिन’ के शूटिंग पिछला दिने बिहार के सीतामढी में पूरा हो गइल. एह फिलिम में रिंकू घोष नागिन के भूमिका में बाड़ी.

पारिवारिक आ रीति रिवाजन पर बनल एह फिलिम के निर्देशन शाहिल सन्नी कइले बाड़न. फिलिम के तेरहो गाना दर्शकन के भरपूर मनोरंजन देबे लायक फिलिमवल गइल बा.

एह फिलिम का जरिए सेभ द टाइगर का तर्ज प साँप बचाओ अभियान प जोर दिहल गइल बा. देखावल गइल बा कि साँपन के मार के ओकरा प्रजातियन के बिलवावल मत जाय. प्राकृतिक संतुलन बनवले राखे खातिर साँपो के ओतने जरूरत बा.

ए ९ फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर में निर्माता वीरेंद्र आर.सिंह अउर उपेन्द्र आर.सिंह के एह फिलिम के गीत फणिन्द्र राव, संगीत शाहिल सन्नी, आ नृत्य निर्देशम कु.प्रीतम कइले बाड़ी.

मुख्य कलाकार रिंकू घोष, देवेन्द्र सिंह, श्याम लाल यादव, महक शर्मा, पल्लवी कोली, रीतु पाण्डेय, आज़ाद गुप्ता, हरिद्वार ठाकुर, आरिफ हुसैन, प्रिया शर्मा, कोमल मिश्रा, पूर्णिला राय चौधरी, आ मनोज टाइगर बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts