लालू अपना माली के अब विधायक बनवइहें


पटना 13 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन के चुनाव ला राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष आ चारा घोटाला में जेल के सजा काटत लालू प्रसाद यादव के पत्नी आ मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी त परचा दाखिस करबे कइली, लालू के घर पर माली के काम करे वाला खुर्शीद मोहसिनो आपन परचा राजद के आधिकारिक उमीदवार का रुप में दाखिल करवलन.
राबड़ी देवी आ मोहसिन का अलावे राजद का तरफ से ओकर प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र पूर्वे आ मुख्यमंत्री रहल जीतनराम मांझी के बेटा संतोष मांझी हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) सेक्यूलर के उम्मीदवार का तौर पर आपन परचा दाखिस करवलन.
बतावल जात बा कि लालू के निजी पसन्द होखला का चलते उनुका माली मोहसिन के उमीदवार बनावल गइल बा. एकरा पहिलहुं लालू एगो जत्थर तूड़े वाली मजदूरनी भगवतिया देवी के लोकसभा चुनाव जीतवा के संसद पहुंचवले रहलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।