लुक छिप बदरा में चमके जइसे चनवा

लुक छिप बदरा में चमके जइसे चनवा
मोरा मुख दमके
मोरी कुसुमी रे चुन्दरिया इतर गमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके
लुक छिप बदरा में चमके जइसे चनवा
मोरा मुख दमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके

सोनवा अइसन पियर मोरी रंगवा
फूलवा अइसन कोमल मोर अंगवा
सोनवा अइसन पियर मोरी रंगवा
फूलवा अइसन कोमल मोर अंगवा
हिरनी अइसन कजरवा नयना चमके
कजरवा नयना चमके
मोरा मुख दमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके

हमरी बारी उमरी लड़कोरिया
भँवरा नेहा लगावे बरजोरिया
हमरी बारी उमरी लड़कोरिया
भँवरा नेहा लगावे बरजोरिया
हिलत डोलत पायलिया मोरी छनके
पायलिया मोरी छनके मोरा मुख दमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके

चम्पा फूले चमेली फूले बगिया
सुधि ना लिहले राम बलम बैरगिया
चम्पा फूले चमेली फूले बगिया
सुधि ना लिहले राम बलम बैरगिया
केहू ना जाने बसेला कहवाँ रम के
बसेला कहवाँ रम के मोरा मुख दमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके

लुक छिप बदरा में चमके जइसे चनवा
मोरा मुख दमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके
मोरी कुसुमी रे चुनरिया इतर गमके


अँजोरिया पर पहिले से मौजूद दोसर गीत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।