लेखक-निर्देशक एस. एस. ललित धूमधाम से मनवलें आपन जनम दिन

ss-lalitजानल-मानल लेखक-निर्देशक एस. एस. ललित पिछला दिने मुंबई, गोरेगांव (पूर्व) के एमराल्ड क्लब में आपन जनमदिन धूमधाम से मनवलें. एह मौका पर ओ एन जी सी के अधिकारी आर पी पाण्डेय, अशोक कुमार, सुनील चटर्जी आ फिल्म जगत के उत्तम कुमार, रवि शंकर तिवारी, माधुरी तिवारी, चन्द्रू धनवानी, मुन्ना रिजवी, मेंहदी हसन, कमर हाजीपुरी, सलीम अंसारी, राज मेहता, अशोक मेहता, गोपाल मेहता, शिवा चौधरी अउर प्रचारक समरजीत आ उदय भगत मौजूद रहले, जे लोग एस एस ललित के जनमदिन के बधाई दिहल.

एस एस ललित के भोजपुरी फिलिम ’गोरकी पतरकी रे’ बाक्स-ऑफिस पर नीमन बिजनेस कइले रहुवे. अब उनुकर दोसरकी भोजपुरी फिलिम ’गोरिया के गोरे गोरे गाल’ जल्दिए सभतर रिलीज होखे वाली बा. एह फिलिम में उत्तम कुमार, लवी रोहतगी, लिलीपुट, रितु पाण्डे, रविशंकर तिवारी, राज मेहता वगैरह के खास भूमिका बा.

एस. एस. ललित बतवले कि उनुकर चाहत बा कि भोजपुरी सिनेमा बाकी इलाकाई फिलिमन का मुकाबिले सबले उपर रहे. आ ई तबे संबव हो पाई जब ओकरा में लोक संस्कृति आ लोक संगीत क समावेश रही.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।