झारखण्ड के सरजमीं पर टकराई मराठी आ भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम
-

ccl-teamझारखण्ड क राजधानी रांची के सरजमीं पर 24 फरवरी के सड़क एकदमे सून हो जाई आ वइसने रोमांच रही जइसन भारत पाकिस्तान के मैच ला होला. दरअसल 24 फरवरी का दिने रांची स्टेडियम में भोजपुरी आ मराठी सितारन के क्रिकेट टीमन का बीच सेलीब्रेटी क्रिकेट लीग (सीसीएल) के मैच होखी.

एह सीसीएल में पहिला बेर उतरत भोजपुरी सितारन के टीम ‘भोजपुरी दबंग’ क कप्तानी करीहें मेगा स्टार मनोज तिवारी जबकि मराठी सितारन क क्रिकेट टीम ‘वीर मराठा’ के कप्तानी करीहें रितेश देशमुख. ‘भोजपुरी दबंग’ क्रिकेट टीम में कप्तान मनोज तिवारी, उपकप्तान दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, रवि किशन, खेसारीलाल यादव, संतोष सिंह, विक्रांत सिंह, प्रवेशलाल यादव, उत्तम कुमार, विकास सिंह, आदित्य ओझा, सुशील सिंह, प्रकाश जैस, अयान खान आ निर्माता अभय सिन्हा खेलीहें. टीम प्रबंधक रहीहें विकास सिंह.

एह मैच क दौरान रोमांच बढ़ावे ला भोजपुरी आ हिंदी सिनेमा अउर छोटका परदा के तमाम बड़हन सितारो मौजूद रहीहें, एहमें श्वेता तिवारी, पाखी हेगड़े, रिंकू घोष, मोनालिसा जइसन ग्लैमर डॉलो लोग दर्शकन के उत्साह बढ़ाई आ कहीं ‘बांध के फेटा दे लपेटा’.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..