लोकपाल आंदोलन : अन्ना के मांग पर सहमति बनल, अनशन टूटे के उमेद

नई दिल्ली, 27 अगस्त (आईएएनएस). प्रभावी लोकपाल खातिर 12 दिन से अनशन करत अन्ना हजारे कर तीन गो प्रमुख मांग से जुड़ल प्रस्ताव के लोकसभा में ध्वनि मत से पारित करावे पर सत्ता पक्ष आ विपक्ष में सहमति हो गइल बा जवना चलते अब अन्ना के अनशन टूटे के उमेद हो गइल बा.

संसद के दुनु सदन में सरकार के ले आवल प्रस्ताव पर चरचा अबही जारी बा. टीम अन्ना के शर्त रहे कि अन्ना के तीन गो प्रमुख मांग पर अगर संसद में प्रस्ताव पास हो जात बा त ऊ लोग अन्ना हजारे से अनशन तूड़े के निहोरा करी.

अन्ना आपन अनशन तूड़े से पहिले – लोकपाले का तरह राज्यनो में लोकायुक्तन के नियुक्ति, लोकपाल का दायरे में सगरी सरकारी कर्मचारियों के ले आवे, आ नागरिक चार्टर बनावे – पर सदन में प्रस्ताव पारित करे के कहले रहले.

संसद के दुनु सदन एह मुद्दा पर आजु शनिचर का दिने भइल में ई बाति निकल के सामने आइल बा कि अन्ना हजारे के मांग पर कमोबेश सगरी दल सहमत बाड़े.

लोकसभा में सदन के नेता प्रणब मुखर्जी चर्चा के शुरुआत करत अन्ना के तीनों प्रमुख मांग पर चर्चा करावे के प्रस्ताव रखलन, जवना पर नेता प्रतिपक्ष सुषमा स्वराज तीनो माँग से भारतीय जनता पार्टी के सहमति के घोषणा कइली. ओने राज्यसभा में नेता प्रतिपक्ष अरुण जेटलीओ कुछ अइसने भरोसा दिहले.

आजु बीच में फेर एक बेर बात अझूराइल लागल जब अरविंद केजरीवाल सरकार पर धोखा देबे के आरोप लगवले. कहले कि सरकार भरोसा दिहले रहुवे कि प्रस्ताव पारित करावल जाई बाकिर अब सुने में आवत बा कि वोटिंग ना होई. कहलन कि सरकारी पक्ष से जानकारी मिलल बा कि भाजपा एह पर वोटिंग नइखे चाहत. बाद में भाजपा एह बाति के गलत बतावत कहलसि कि ऊ वोटिंग खातिर तइयार बिया. सरकार जइसन प्रस्ताव ले आवे बाकिर अन्ना के अनशन टूटे के चाहीं.एकरा बाद सरकार का ओर से कहल गइल कि प्रस्ताव ध्वनिमत से पारित करावल जाई.

ओने अन्ना हजारे के स्वास्थ्य के निगरानी करत चिकित्सक कहले बाड़न कि अन्ना के हालत स्थिर बा बाकिर उनुका अब अनशन जारी ना राखे के चाहीं.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
(साँझ सात बजे तक)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।