लोग के मालूम रहे के चाहीं बिजली आए जाए क समय

उ॰प्र॰ के मुख्य मंत्री अखिलेश यादव पावर कार्पोरेशन के अधिकारियन से कहलन कि गँवई इलाकन में बिजली आए जाए के समय लोग के पहिले से मालूम होखे के चाहीं जेहसे ऊ लोग खेती से जुड़ल काम, सिंचाई, थ्रेसिंग, वगैरह के योजना बना सको. कहलन कि घरेलू आ खेती के काम खातिर बिजली के लाइन अलग अलग कर दिहल जाव जेहसे खेती खातिर अधिका बिजली दिहल जा सको. मुख्यमंत्री आजु अधिकारियन साथे बइठक कइले रहलन.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..