पंजाब नेशनल बैंक के सवा करोड़ रुपिया लुटाइल
-

सारण जिला के बनियापुर थाना इलाका में आजु बुध का दिने पंजाब नेशनल बैंक के कैशवान के हंसारजपुर गाँव का लगे करीब एक दर्जन मोटरसाइकिल सवार लुटेरा घेर लिहलन स आ गोली मार के दू गो सुरक्षाकर्मियन के घवाहिल कर दिहले सँ. एकरा बाद एक करोड़ बीस लाख रुपिया नगद लूट के फरार हो गइलन स.

पंजाब नेशनल बैंक के छपरा मूख्य शाखा से ई रुपिया निकाल के जनता बाजार शाखा खातिर भेजात रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..