वाराणसी डीरेका मे सबले मजगर रेल इंजन तइयार भइल

वाराणसी के डीजल लोकोमोटिव वर्क्स डीरेका एगो सबले मजजगर आ सबले बड़हन रेल इंजन पटरी पर उतरले बा जवना के हार्स पावर 5500 अश्व शक्ति के बा. अपना स्थापना के स्वर्ण जयन्ती मनावत डीरेका ला ई बड़हन उपलब्धि बा.

एह इंजन के बड़हन आकार आ ताकत देखत एकर नाम .भीम. रखाइल बा, एह इंजन में अनेके आधुनिक सुविधो दीहल गइल बा. जइसे कि लोको पायलट खातिर टायलट. चालक के नींद अइला पर इंजन खुदबखुद ठहर जाई.

डीरेका के दुनिया के बडहन रेल इंजन कारखानन मे गिनल जाला. एहीजा के बनावल इंजन बंगलादेश. श्रीलंका. म्यांमार. तंजानिया आ वियतनाम वगैरह देशन के निर्यातो होला. एह कारखाना के तब प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री लांच कइले रहले.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *