विक्रांत अउर कल्पना शाह के तकदीर

निशू फिल्म्स इंटरटेन्मेंट के बैनर तले बनत भोजुपरी फिल्म ‘तकदीर’ के शूटिंग 18 मार्च से बक्सर आ बलिया में कइल जाई. एह फिल्म में विक्रांत अउर कल्पना शाह एक साथ नजर अइहे. महुआ टी. वी. पर प्रसारित धारावाहिक “स से सरस्वती” के नायिका अमर ज्योति एह फिल्म में अहम किरदार में बाड़ी. फिल्म पूरा तरह से पारिवारिक आ कॉमेडी से भरल बा. एहमें नौ गो गाना बा जवना के उदित नारायण, इंदू सोनाली, कल्पना, अमर आनंद, आ प्रियका सिंह के आवाजन में रिकार्ड करावल गइल बा.

लेखक निर्माता बी. के. सिन्हा, पटकथा संवाद आलोक रंजन, निर्देशक आकश योगी, संगीत अघोष घायल, गीत बी. के सिन्हा, अघोष घायल, नृत्य संजय के. के. शांदिल इशान, फाइट सिंग इज किंग, आर्ट रवि भूषण, आ छायांकन महेन्द्र पटेल के बा.

मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, कल्पना शाह, कुंवर विक्रांत सिंह, राहुल सिंह अमर ज्योति, आनंद मोहन, दिलीप सिन्हा, निलिमा सिंह, गोपाल राय, भरत शर्मा व्यास, रवि रंजन, सुमंती बनर्जी, हरी शरण, आशा सिंह, लवि श्रीवास्तव, प्रीति सिंघानिया वगैरह लोग बावे.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।