‘धरती गगन के प्रीत’ के शूटिंग पूरा हो गइल
-

सिया राम फिल्मस् प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म “धरती गगन के प्रीत” के शूटिंग पिछला दिने गुजरात के बलसाड में शूटिंग का बाद पूरा हो गइल बा. एह फिल्म में नवोदित अभिनेता सत्या के सिनेमा भोजपुरी में उतारल गइल बा. फिल्म के मुख्य नायिका के किरदार ऋतिका शर्मा कइले बाड़ी. एह फिल्म में आठ गो गाना डालल बा जवन सगरी सुने में नीमन लागत बा.

निर्माता रंजु एस. शर्मा, निर्देशक रमाशंकर, गीत संजीत निर्मल, संगीत अमन श्लोक, फाईट फिरोज खान, आ नृत्य निर्देशन अमरेन्द्र कुमार अउर श्रवण ठाकुर के बा.

मुख्य कलाकार ऋतिका शर्मा, सत्या सतेन्द्र कुमार, सुधांशू शर्मा, स्वीटी दत्तानी, जमाल खान, अली खान, मंजु, गीत असलम खान, धर्मेन्द, पुष्पेन्द्र, युगांद आ दीपक भाटिया हउवे.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts