भोजपुरी परदा पर भिखारी ठाकुर के ‘बिदेसिया’
-

भोजपुरी के शेक्सपीयर भिखारी ठाकुर के रचल नौटंकी ‘‘बिदेसिया’’ अब बड़को परदा पर नजर आवे वाला बा. ‘बिदेसिया’ का कहानी पर महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्मस् प्रा॰लि॰ मिल के एह भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के निमार्ण कइले बा. निर्देशन कइले बाड़े ‘‘अगले जनम मोहे बिटीया ही कीजो’’ फेम निर्देशक रंजन कुमार सिंह.

फिल्म में बिदेसिया के टाईटल भूमिका में बाड़े सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार निरहुआ आ उनुका नया नवेली दुलहन का भूमिका में बाड़ी पटना से आइल नवोदित अभिनेत्री छवि पाण्डे. साथ में पाखी होगड़े, विक्रांत सिंह, विजय कुमार, माया यादव, सुदेश कॉल, संतोष श्रीवास्तव शामिल बाड़े.

गीत लिखले बाड़े विनय बिहारी आ श्याम देहाती. संगीत रचले बाड़न धनंजय मिश्रा. छायांकन हवे अकरम खान के, संकलन कइलन संतोष मंडल, संवाद लिखले उमेश चन्द्र उपाध्याय आ मारधड़ करवले शकील शेख.

फिल्म जल्दिये रिलीज होई.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts