बिदेसिया में पाखी के बोल्ड अवतार
-

सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन अदाकारा पाखी हेगड़े के बोल्ड अवतार ‘‘बिदेसिया’’ में देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम में पाखी हेगडे पहिला बेर कवनो निगेटीव किरदार करत नजर अइहें. ईनुकर किरदार एह फिल्म में माया नाम के कॉलगर्ल के बा. फिलिम में पाखी के मायाजाल में फंसल बाड़न जूबली स्टार निरहुआ. बिदेसिया में पाखी पर दू गो हॉट गानो फिल्मावल गइल बा.

अबही ले घरेलू लड़की के किरदार करत आइल पाखी एह भुमिका के बहुते चैलेजिंग करार देत उमीद जतवली कि दर्शक लोग के ई किरदार नीमन लागी.

फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के निर्माता अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स अउर महुआ मिडिया आ निर्देशक रंजन कुमार सिंह हउवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts