विक्रांत सिंह के बढत डेग

सिनेमा भोजपुरी के रोमांटिक एक्शन सितारा विक्रांत सिंह के डेग गँवे गँवे आगा ओरि बढ़ल जात बा, ‘‘मुन्ना बजरंगी’’ से चर्चा में आइल विक्रांत भोजपुरी सिनेमा के ओह गिनल चुनल नायकन में से हउवें जे हर तरह का भूमिका में फिट बइठेलें.

विक्रांत एह घरी निर्देशक रवि कश्यप के दू गो फिलिमन में, ‘बाप’ आ ‘बियाह’, व्यस्त बाड़न. एह दुनु फिलिमन में विक्रांत भोजपुरी सिनेमा के नयकी सनसनी अंजना सिंह संगे आपन जलवा देखइहें. विक्रांत जल्दिए एगो बड़हन बजट के एक्शन फिल्म में नजर अइहें जवना में अबले के सबसे अलग तरह के स्टंट देखे के मिली. एह फिलिम का बारे में विक्रांत अबहीं कुछ बोलत नइखन बाकिर उमेद जरूर राखत बाड़ें कि ई फिलिम उनुकर एगो बढ़िया पहिचान बनवा दी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।